तनी जगइह पिया
-आहो- आहो… …
रोपनी के रंउदल देहिया, सांझहीं निनाला
तनी जगइह पिया
जनि छोडि के सुतलके, सुति जइह पिया
-आहो- आहो… …
हर के हकासल देहिया, सांझहीं निनाला
तनी जगइह धनी
जनि छोडि के सुतलके सुति जइह धनी
-आहो- आहो… …
चुल्हा से चउकिया तकले
देवरू ननदिया तकले
दिनवा त दुनिया भर के, रतिए हउवे आपन
जनि गँवइह पिया
धइ के बंहिया प् माथ, बतियइह पिया
-आहो- आहो… …
घर से बधरिया तकले
भइया भउजइया तकले
दिनवा त दुनिया भर के, रतिए हउवे आपन
जनि गंवइह धनि
धईं के बंहिया प् माथ, बतियइह धनी
-आहो- आहो… …
दुखवा दुहरवला बिना
सुखवा सुहरवला बिना
रहिये ना जाला कि ना, कइसन दो त लागे
जनि सतइह पिया
कहियो रूसियो फुलियो जाईं त मनइह पिया
-आहो- आहो… …
काल्हु के फिकिरिये निनिया
उडि जाय जो आँखिन, किरिया
आके पलकन के भिरिया, सपनन में अझुरइह पिया
सझुरइह धनी
जनि छोडि के जगल के सुति जइह धनी
-जनि छोडि के सुतल के सुति जइह पिया…
दुकान ह पंचर के ई पक्का
हैन्डिल-पैडिल टायर चक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
ना कवनो पोस्टर ना कवनो पलानी
काठे के बक्सा बा नादे में पानी
लागे के दुई-चार टक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
ओ से भरइब चवन्नी लगइब
अपने से भरब त उहो बचइब
पम्प बदे भइल धरम धक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
डाक्टर वकील अफसर हीरो भा नेता
लाखन करोड़न में लेता आ देता
सुनियो के खाय ना सनक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
तनि-तनि गलती प् नौ-नौ नतीजा
दुइ चेला – एक भैना, एगो भतीजा
बुढ़वा लगे मम्मा-कक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
देसवा बंटा देले नेतवा अभागा
एके में बान्हे ए धंधा के धागा
दिल्ली लाहौर चाहे ढक्का
दूकान ह ई पंचर के पक्का
mobile- 09415290286